ललित निबन्ध
विकास माने हाफ पैंट
- डा. दिनेश प्रसाद शर्मा
एह लेख के मथेला पढ़िके काहे चकचिहाइल बानीं ? काहे भकुआईल बानीं जी ? रउआ इहे नू सोचत बानीं कि भला इहो कवनों मथेला में मथेला भइल ? कहवां विकास आ कहवां हाफ पैंट ! एह दूनो के तालमेल कइसे बइठि गइल ? दूनों के गोटी एके जरे कइसे सेट हो गइल ? एह दूनों के एक दोसरा से कवनो तालमेल हइये नइखे त इन्हनीं के एके जरे रखला के मतलब ? घबड़ाईं जिन. हम फरिया फरिया के फरिआवत बानीं नू. दूनों के गोटी एक जरे बइठावत बानीं नू.
कवनो जीव जब एह धरती पर जनम लेला त ऊ आपन पूरा जिनिगी के लम्बाई चौड़ाई के सभसे छोटहन रूप में रहेला. जइसे जइसे समय बीतल जाला भा ई कहीं कि ऊ जीव आपन उमिर जीअत जाला ओइसे ओइसे ओकर लम्बाई चौड़ाई बढ़त जाला. प्रकृति के ई अइसन ना नियम बा जेकरा के नकारल ना जा सकेला. हं, ई हो सकेला कि कुछ खास जीव के बढ़े के हिसाब किताब कवनों खास उमिर पर जा के रुकि जाय आ कुछ के ता-जिनिगी चलत रहे. हमरा आजु तले ई सुने में ना आइल कि एह धरती प कवनों जीव अइसनो बा जवन जनम के बेरा आपन जिनिगी के पूरा लम्बाई चौड़ाई में रहे आ जइसे जइसे ओकर उमिर बढ़त गइल ओइसे ओइसे ओकर लम्बाई चौड़ाई घटत घटत एकदम सोना पर पहुंचि गइल. अइसे त एह धरती प एक से एक जीव पटाइल पड़ल बाड़ें. कुछ हमनी के लम्बाई चौड़ाई से कई गुना जादे बड़, त कुछ अइसनों जवना के खुला आंखि से देखलो ना जा सकेला. एहसे अगर प्रकृति अपना गरभ में ओइसनको जीव के रखले होखे जवन उमिर के साथ अपना लम्बाई चौड़ाई में घटत जाला त इ हमरा जानकारी के बाहिर के बाति बा.
एह धरती प के सभसे अजूबा जीव आदमी ह. ऊ अपना आप के अपना कारनामा से दोसर दोसर जीव से एकदम अलगा साबित क देला. मानव समाज में जब कवनों लईका जनम लेला त ओकरा के खाली एगो लंगोटी आपन खास जगह के तोपे खातिर पहिरावल जाला. ओह घरी ऊ अपना जिनिगी के सभले छोट लम्बाई चौड़ाई में रहेला. जइसे जइसे ऊ लइका आपन उमिर बितावल शुरू करेला ओकरा लम्बाई चौड़ाई के अनुपात में ओकरा लंगोटियो के लम्बाई चौड़ाई बढ़त जाला. ऊ लंगोटी अब चड्ढी के रुप ले लेले रहेला. फेनु उहे चड्ढी हाफ पैन्ट का रुप ध के एगो नया रुप में लउके ले. उहे लइका जब जवानी के देहरी प आपन गोड़ ध देला, फुल पैन्ट भा पाजामा के अपना चुकल रहेला. जइसे जइसे आदमी के उमिर में बढ़ोतरी होला ओइसे ओइसे देह के आकार के संगे संगे ओकरा देहि के बहतरो में बढ़ोतरी होत जाला.
लइका जबसे किशोरावस्था में आ जाला ओही घरी से ऊ चाहेला कि ओकर टंगरी पूरा के पूरा तोपाइल रहो. ऊ भरसक एही फेर में रहेला कि ओकर टंगड़ी एड़ी के उपर उघार मत लउके. एकरा खातिर ऊ फुल पैन्ट भा पाजामा अपनावेला. लइकाईं में ऊ एह बाति प कवनो खास धेयान ना दे काहे कि ओह घरी ले ओकरा दिमाग में ओतना चरफर ना भइल रहेला. ओह घरी ओकरा में सोचे समुझे के अतना ताकत ना रहेला तबो ऊ अपना से उमिरदार आदमी के देखि के सीखे के कोसिस करत रहेला. जइसे जइसे ऊ बड़ होत जाला, छोट से छोट बाति प धेयान देबे लागेला.लइकन के लइकाई वाला हरक्कत अगर बूढ़ भा सयान आदमी करे लागेला त ई दोसर लोग के हजम ना होखे आ उनुका मुंह से बरबस निकल जाला कि का लइकभुड़भुड़ई कइले बाड़ऽ ?
कुछे दिन पहिले के बाति ह. हमनी के देस में पुलिस डिपाट में सिपाही जी लोग के हाफपैन्ट पहिन के डिउटी करे के पड़त रहे. कपार प के बार एकदम सन हो गइल बाकि उनूका डिउटी में फुलपैन्ट पहिने के इजाजत ना रहे. ना जाने सरकार के दिमागी कारखाना में कवन अइसन फारमूला तइयार भइल कि ऊ उनुका लोगन के हाफपैन्ट के जमानत जब्त क के फुलपैन्ट पहिरे के फरमान जारी क दिहलस. कुछ खास बाति त जरूरे होखी. हमरा त इहे बुझाला कि सरकार के बूझला इ पसन ना पड़ल कि बूढ़ बूढ़ सिपाही हाफपैन्ट पहिर के आध उघार हालत में आपन डिउटी करे. इनिका लोग के अपना डिउटी का समय में हरेक किसिम के आदमी से पाला पड़ेला. जवना में लइका सयान मरद मेहरारू सभे रहेलन. सभका बीच में सिपाही जी के हाफपैन्ट में घूमल भला नीक कइसे कहाई ?
ई सभ बाति त मरदन के भइल. अगर मेहरारूअन प नजर ना फेरल जाइ त ई उन्हनीं का संगे सरासर अन्याय होखी. काहे कि हमरा देस में मरद मेहरारू दूनो के बराबर के अधिकार मिलल बा. अगर ओह लोग का बारे में कुछ ना कहाई त ई ओह लोग के अधिकार के हनन होखी. हमरा कवनो अधिकार नइखे बनत कि सरकार से मिलल ओह लोग के सरकारी अधिकार के नजरअंदाज करीं भा ओकर मजाक उड़ाईं.
लइकी जब नन्ही चुकी रहेले त चड्ढी आ फराक में समेटाइल बटोराइल रहेले. जेंव जेंव ऊ बढ़त जाले ओकरा प देह दिखावन के सीमा, जवन हमनी के समाज तय कइले बा, लागि जाले. ऊ खाली आपन एड़ी आ मूड़ी उघार राखि सकेले, उहो हिन्दू धरम के मोताबिक. मुसलमानी धरम के मोताबिक ओकरा आपन मूड़ियो तोप के राखे के रिवाज बा. लइकी जखनी सयान होके बिआह के बन्हन में बन्हा जाले त ओकरा आपन संउसे देहि लोग का नजर से बचा के राखे के पड़ेला. यानि की पूरा के पूरा देहि कपड़ा से तोपाइल.
खैर इ त हमनी के देस के संस्कृति ह, सभ्यता ह. जेकरा के हमनी के अपना पुरखा पुरनिया के दिहल तोहफा के रुप में अपनवले बानीं जा आ एही में आपन बड़प्पन बुझिलां जा. बर्व महसूस करींला जा. बाकिर नयका पीढ़ी अब लकीर के फकीर बनल आ अपना पुरखा पुरनिया केबतावल राहि प चले में आनाकानी करत बा, पगहा तुड़ावत बा.
विकास के मतलबे होला आगे मुंहे बढ़ल. विकास के इ माने अब आन बेर के हो गइल. एह घरी एकर माने साफे बदल गइल. अब विकास के माने पाछे हटल, बड़हन से छोटहन रुप धइल हो गइल बा. हमनी के पुरखा पुरनिया पहिले नदी तालाब के पानी पीअत रहे. बाकिर जइसे जइसे उनुका लोग के दिमाग के विकास भइल भा इ कहीं कि इनिका लोग के अकिल के केंवाड़ी तनी फांफर भइल, इ लोग ओह नदी तालाब के पानी समेटि के कुईंया में क दीहल आ लागल ओकरे पानी धोंके. अउरी विकास भइल आ कुईंया से ना फरिआइल त ओह कुईंया के पानी के लोग चापाकल में ढूका दीहल आ ओकरे से पानी पीअे लागल. विकास के रफ्तार रूकल ना, चलत रहल. चापाकल के पानी आउरी पातर पाइप में ढूकि के टंकी में हेलि गइल. अतना के बाद लोग सोचल कि चल अब काम फरिआ गइल. बाकिर ना. इनिका लोगन का दिमाग का खूराफाती कारखाना में डिजाइन डिजाइन के फारमूला तइयार होत रहल आ ऊ पानी देखते देखत दीया वाला जिन्न लेखा बोतल में हेलि गइल आ फ्रीज के राहि पकड़ि लिहलस. अतनो प लोग के संतोष ना भइल. लोग सोंचल कि पानी खातिर फ्रीजके दन्तजाम कहां कहां होखी ? एहसे लोग पानी के पाउच में बन्द क के बगली में, झोरा में, अटैची में लेके चले लागल ताकि जब मन करी, जहवां मन करी, ओहिजे सरकारी दारू के पाउच लेखा दांते नोचि के घटाघट घटक जाइब, झुराइल देहि तरि हो जाइ, मन हरिअर हो जाइ, ओठ प के फेंफड़ी झुरा जाइ.
रउआ सभे अब इहे सोचत होखब कि ई हंसुआ के बिआह में खुरपी के गीत काहे गावे लगलन ? बकत रहलन कुछ आ बके लगलन कुछ अउर. बतकही बतकूचन होति रहे फुल आ हाफ पैन्ट के. एह में कुईंया तालाब, टंकी पाउच इ सभ केने से जहुआइल आके दाल भाति में ऊंट के ठेहनु लेखा लउके लगलन स ? तनी सा सबुर राखीं. तनी करेजा कड़ा कइले रहीं. मरद मानुख के अकुताई ना सोहाय. ठहरीं, हमरा के तनी ई सभन के जवरिया लेबे दींही. रउआ आंखि के सोझा एकएक गो बाति परत दर परत खुलत चल जाई.
हं, त हम कहत रहीं कि आदमी सयान भइला प आपन संउसे देहि तोपि लेबे के चाहेला. जमाना बदल गइल. अब त लोग आपन संउसे टंगरी तोपे में अंउजाये लागत बा. पहिले केहू के मुंह तोप दिआत रहे तब ऊ उजबुजात रहे. अब ऊ टंगरिये तोपे में उजबुजाये लागत बा. आदमी का विकास का संगे जइसे पानी आपन रुप आकार बदलत चलि गइल ओसहीं आदमी के कपड़ो रुप आकार बदलत चलि गइल. जइसे जइसे पानी के आकार छोट होत गइल ओइसहीं आदमी अपना कपड़ो के लम्बाई चौड़ाई छोट करत चलि गइल.
लइका से लेके सयान, बूढ़ से लेके जवान सभे आपन विकसित रुप के लोग के सोझा परोस रहल बा. विकसित समाज में अविकसित रहल विकास के नजरिया से अनुचित कहाई, उचित ना. मरद आ मेहरारू के भारतीय संविधान से मिलल बरोबरी के अधिकार के उपयोग आ उपभोग करत जनानी समुदाय के सदस्या लोग अपना आप के एकरा से बरी ना क के मरदाना समुदाय के सदस्यन जवरे डेग से डेग मिलावत चलि रहल बा. मरदानी डिपाट हाफपैन्ट में आ चुकल बा त जनानियो डिपाट के लोग आपन पूरा ड्रेस के हाफ क के स्कर्ट में बदलि के आपन अधिकार के उपयोग आ उपभोग करि रहल बा. जहवां बाति बरोबरि के रहेला ओहिजा भेदभाव नीक ना होखे. एही से जनाना डिपाट के लोग मरदाना डिपाट से पाछा नइखे रहे के चाहत.
पैन्ट के पहिला अवस्था जवन आदमी के सयान भइला प फुलपैन्ट रहे तवन विकास के दोसरा खेंड़ी प हाफपैन्ट का रुप में आ गइल बा. तीसरका खेंड़ी प जब चंहुि प त चड्ढी भा लंगोटी का रुप में लउकी. चउथा खेंड़ी प चहुंप के ई कवना रुप में लउकी ? ई त रउरा खुदे समुझि सकत बानीं. एकरा बारे में रउरा हमरा से जादे बताइब भा समुझाइब. काहे कि रउओ एही विकसित देस के विकसित समाज के विकसित दिमाग के विकसित आदमी बानीं. हाफपैन्ट पहिन के चलीं. फुलपैन्ट मे काहे अझुराइल बानीं ? तनी उघारि के चलीं. तनी हवा लागे दींही ना त ..... !
--------
अनाईठ, प्रसाद पेपर वर्क्स लगे,
भोजपुर - 802 301
(भोजपुरी में दुनिया के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम पर दिसम्बर 2003 में प्रकाशित भइल रहल.)
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें