बुधवार, 11 दिसंबर 2024

सम्पादकीय का बहाने

सम्पादक के पन्ना

सम्पादकीय का बहाने

- डॉ. राजेन्द्र भारती

 ‘अंजोरिया डाट काम’ भोजपुरी भाषा के साहित्य, संस्कृति, भोजपुरी माटी आ तीज-तेवहार का संगे से दूर बसल भोजपुरिया  भाई-बहीन के आपन देस आ भोजपुरी माटी के  गमक, साहित्य, संस्कृति, आ तीज-तेवहार के  ईयाद दिवावल आपन कर्तव्य बूझत बा. भोजपुरिया लोग सगरे संसार में फइलल बा.  ओह सबलोग का लगे पंहुचे खातिर इन्टरनेट से  नीमन कवनो दोसर माध्यम नइखे. ई अलगा  बाति बा कि इन्टरनेट पर देवनागरी फान्ट के  समस्या एगो बड़हन समस्या बा. कुछ हद तक  एहकर आसान समाधान करे के कोशिश कइले  बानी जा बाकिर कुछ अक्षर दिहला में तबो  दिक्कत बा. जइसे कि ट आ र आउर ड आ  र के संयुक्ताक्षर. आशा बा कि रउरा सभे ए ह दिक्कत के समुझब आ हो सके त एहकर  कवनो आसान समाधान बताएम.

भोजपुरिया संस्कृति के रक्षा आ भोजपुरी  साहित्य के समृद्धी बदे इन्टरनेट के माध्यम से  आप सभे तक पहुंचेे के भरसक प्रयास  ‘अंजोरिया डॉट कॉम’ करि रहल बा. एह काम
 खतिर अपना तन-मन से जुटल प्रकाशक के  हम धन्यवाद देबे चाहत बानी जे सिर्फ भोजपुरी  के प्रति अपना प्रेम का चलते इ काम करत  बानी.

श्रद्धेय रचनाकारो लोग से निहोरा बा कि विदेश में बसल भोजपुरी भाई लोगन के  धेयान में  राखि के विशेष रूप से भोजपुरी  संस्कृति के उजागर करे वाली रचना, लेख, निबन्ध, ललितनिबन्ध, आलेख, निकष, फीचर,  कहानी, लघुकथा, लोककथा, कविता, गीत, लघु  नाटक, नाटिका, एकांकी अविलम्ब एगो रंगीन  पासपोर्ट साइज फोटो आ आपन संक्षिप्त परिचय  का संगे भेजीं आ अउरू रचनाकार मित्र लोगन  से भिजवाई.

‘अंजोरिया डॉटकॉम’ देखीं आ देखे के  सलाह दीं. नीक लागे त प्रिन्ट निकाल के सुरक्षित करीं.  रचनाकार के प्रकाशित प्रिन्ट  कापी डाक से अवश्य भेजल जाला. आप सभे के प्रतिक्रिया के इन्तजार बा.

राउरे,
डॉ राजेन्द्र भारती
कदम चौराहा, बलिया - 277001
-----------
( डॉ राजेन्द्र भारती जी अंजोरिया डॉटकॉम के संस्थापक संपादक रहीं. उहां के लिखल ई सम्पादकीय भोजपुरी में दुनिया के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम पर  अक्टूबर 2003 में प्रकाशित भइल रहल.)


कोई टिप्पणी नहीं: